Ticker

6/recent/ticker-posts

Header Ads Widget

ads header

महाराजगंज : नालिन के अभाव में सड़क पर भर रहल ब पानी

  •  महाराजगंज : नालिन के अभाव में सड़क पर भर रहल ब पानी अउरी एकरा से बीमारी फईले के बढ़ रहल बा खतरा

बृजमनगंज : बदलबाग चौराहा तीन ग्राम पंचायतन के जोड़ेला जवना मे बरगाहपुर ,लेहड़ा अउरी दुबौलिया शामिल बा। लेकिन एह चौराहा के आलम ई बा की जरा सी भी बारिश भइल त रोड के पश्चिम हिस्सा पानी से भर जाला। ओहीजे नाली ना होखला के कारण  जलजमाव के समस्या काफी दिन तक रहेला।

जहां एह समय देश कोरोना जईसन महामारी के दंश के झेल रहल बा। सरकार सफाई ख़ातिर लोगन के जागरूक कर रहल बिया लेकिन एह जगह पर कचरा अउरी गंदगी के अंबार से मच्छर पनप रहल बाड़े स।जवना से लोग में बीमारी बढ़े के काफी खतरा बढ़ रहल बा। सड़क के किनारा कवनो भी डस्टबिन ना होखला के कारण कचरा निस्तारण ख़ातिर भी समस्या हो रहल बा। 

इस गंदगी अउरी बदहाली ख़ातिर लोग तीनों ग्राम सभा के प्रधान के जिम्मेदार ठहरावत बाड़े। गंदगी के ढेर सड़क के ऊपर तक आ गईल बा जवना के कारण लोग के गंदगी के ढेर के ऊपर से ही गुजरे के पड़ता। एकरा ईहां के लोगन के बहुत ही परेशानि के सामना करेके पड़ रहल बा। स्थानीय लोग बतावले कि आज तक ईहां पर कवनो भी सफाई कर्मी सफाई करे नइखे आईल अउरी ना ही अभी तक फोगिग भइल अगर अइसने रहल त ईहाँ बहुत जल्दी कवनो बड़ बीमारी के सामना करेके पड़ रहल बा।

Post a Comment

0 Comments